सुन ए भईया दीदी, ध्यान लगाई, श्रम विभाग के लाभ उठाई.. श्रम गीत
कठपुतली कलाकार सुनील सरला,मुजफ्फरपुर बिहार से श्रम विभाग का गीत सुना रहें हैं:
सुन ए भईया दीदी, ध्यान लगाई,
श्रम विभाग के लाभ उठाई,
बतिया के रखीह ध्यानमा ए दीदी,
श्रम कार्ड बनईह ए दीदी,
बा मजबूरी काम करे के पड़ी,
जोखिम रहें हर घड़ी,
विश्वकर्मा योजना के लाभ उठईह,
रोजगार मेला में अवसर तू पईह,
बतिया के रखीह ध्यानमा ए दीदी,
श्रम कार्ड बनईह ए दीदी..
Posted on: Nov 03, 2024. Tags: Sunil Sarla Song
पर्यावरण के स्वच्छ बनाव हो भैया,प्रदूषण के दूर भगाव: पर्यावरण जागरूकता गीत
कठपुतली कलाकार सुनील सरला,मुजफ्फरपुर बिहार से पर्यावरण जागरूकता गीत सुना रहें हैं:
पर्यावरण के स्वच्छ बनाव हो भैया,
प्रदूषण के दूर भगाव,
धुआं धक्कड़ से फैले प्रदूषण,
हवा जहरीली मुस्किल में जीवन,
ई बात सबके बताव हो,
ई बात सबके बताव हो भईया,
प्रदूषण के दूर भगाव,
हवा में फैलल बा जहरिया,
प्रदूषण भगाव ए भईया,
प्रदूषण भगाव ए दीदी,
हवा में फैलल बा जहरिया,
प्रदूषण भगाव ए भईया..
