रउरा सासन के नईखे जवाब भाई जी...
रउरा सासन के नईखे जवाब भाई जी
रउरा कुरसी पे झरला गुलाब भाई जी
रउरा फोंगा लेके सगरे गुहार करिला
हमरा महुआ पे झरले पानी जा भाई जी
हमरे झोपडी में मटियो के तेल नइखे
रउरा कोठिओं में भरे महराब भाई जी
रउरा लड़का सपड़ले मिलाई जाइखे
हमरा छवड़ा के जोरे न किताब भाई जी
रउरा बुढ़िओं के गलवा पे टीम लागेला
हमर नइखी के मटियो मुहाल भाई जी
हमर छवड़ाके रूटीआ पर नून नइखे
रउरा चाबी रोज मुर्गा कवाब भाई जी
चाहे दंगा करवाए चाहे गोली चलवाए
देश भगतवा के मिलेला खिताब भाई जी
रउरा कनकी पे जहल और थाना न चला
हमरे मिले ना कहीं इन्साफ भाई जी
