ठेकेदार के हाल तनि देखला बिधाता, कुछ न बुझाता कुछ कहलो ना जाता
ठेकेदार के हाल तनि देखला बिधाता
कुछ न बुझाता कुछ कहलो ना जाता
का ठिकदारी आ गईल
हे भोले बाबा
बढता रे आगे अब चोर बेइमान हो
कनि को नई देर करे बने मे महान हो
का ठिकदारी आ गईल
हे भोले बाबा
बारा घण्टा रोज काम कराबे
बोनस के नाम पर दरुआ पिलाबे
का ठिकदारी आ गई
हे भोले बाबा
चाय पीये के नाम पर पैसा काटे
क़ाट पर्ची मांगे तो गेट बन्द करा दे
पीएफ के नाम पर पैसा काटे
का ठिकदारी आ गई
हे भोले बाबा
देश के भरोसा ले के देश को डुबा दे
मंत्री ही देश में ठेकेदारी ला दे
का ठिकदारी आ गई
हे भोले बाबा
