बसंती बहार बहल सरसो फुलाइल, ए भइया चला मतदान करी...
बसंती बहार बहल सरसो फुलाइल
ए भइया चली मतदान करी
ए भौजी चलीं मतदान करी
ईहे समय बा देश के भाग बनावे के ए भइया चली.....
आपन लोग के बोटवा देश के भाग्य बनी
मोझा पकुर के जनता चलके मतदान करी
बसंती बहार बहल सरसों फुलाइल
ए माई चली मतदान करी
इहे समय चुक जैवा देश बरबाद होंई
ए बाबु चला मतदान करी
चाला ए बहिनी तूहो संगै चला,
खाना-पीना छोर के मतदान करी
पांच साल पर देश के होला निरमान होइ
बसंती बहार बहल सरसों फुलाइल
ए भइया चली मतदान करीं